भोजपुरी गायिका मिर्च मसाला के इनामी सूची में


भोजपुरी के लोकप्रिय गायिका कल्पना दोसरो भाषा में ओतने बढ़िया गावेली. आसाम के ई बाला भोजपुरी गायकी के अइसन अपनवलसि कि ऊ भोजपुरी गायिका का रुप में जानल चिन्हाये लागल. खुशी के बात बा कि हिन्दी फिल्म “खट्टा मीठा” खातिर कल्पना के गावल गीत “अइला रे अइला” के रेडियो मिर्ची 98.3 FM अपना पुरस्कार खातिर “बेस्ट आयटम सांग आफ द इयर” खातिर नामांकित कइले बा. पुरस्कार वितरण २७ जनवरी के मुंबई के बांद्रा कुर्ला काम्प्लेक्स में होखे वाला बा. कल्पना के भोजपुरिया शुभ चिन्तक उनका सफलता के शुभकामना करत बाड़े.
(स्रोत – म्यूजिक बाक्स न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।