बलिया जिला पंचायत चुनाव में रामधीर सिंह जीतलें

बलिया जिला पंचायत के चेयरमैन के चुनाव खातिर आजु भइल मतदान में बसपा के रामधीर सिंह सपा के निवर्तमान चेयरमैन राजमंगल यादव के हरा दिहलें. कुल पचास मत में से पड़ल ४९ मत में से ३० मत रामधीर सिंह का पक्ष में आ १९ गो मत राजमंगल यादव के पक्ष में पड़ल. मतगणना का दौरान दुनु उम्मीदवार में बकझक हो गइल जवना के जिलाधिकारी के हस्तक्षेप का बाद सलटावल गइल. (स्रोत : अनिल अकेला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।