यूपी मंत्रिमंडल के विस्तार में नारद राय आ कैलाश यादव

आजु सबेरे भइल मंत्रिमंडल विस्तार में अखिलेश यादव दू गो विधायकन के कैबिबेट मंत्री बनवले जबकी दू गो राज्यमंत्रियन के प्रोमोशन दिहलें. बलिया विधायक नारद राय आ गाजीपर विधायक कैलाश यादव के नया कैबिनेट मंत्री बनावल गइल. अमेठी से विधायक गायत्री प्रजापति के राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार आ राज्यमंत्री राममूर्ति वर्मा के कैबिनेट मंत्री बना दिहल गइल. विभाग के बँटवार अबही होखल बाकी बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।