मशरख स्कूल में लड़िकन के मौत पर राजनीति के रोटी सेंकात बा
-

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अतना बीमार हो गइल बाड़न कि एह हादसा में मरल विद्यार्थियन के परिवार वालन से मिले के ताकत नइखे. शिक्षा मंत्री के इशारा बा कि एह हादसा का पीछे राजनीतिक षडयंत्र रहुवे. उनकर आरोप बा कि स्कूल प्रधानाध्यापिका के पति का दुकान से मिड डे मील के सामान आवत रहुवे आ ऊ दुकानदार एगो राजनीतिक गोल के सदस्य हउवन जिनका बारे में राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद के पता होखे के चाहीं. लड़िकन के देरी से पटना भिजवावे का मामिला में सरकार के कहना बा कि लड़िकन के हालत स्थिर कइल जरूरी रहुवे एही से देरी भइल. दोसरा तरफ अबही कुछ दिन पहिले ले सरकार में शामिल रहल भाजपा के नेतो लोग सरकार के कोसे में लागल बा. काल्हु एह हादसा का खिलाफ सारण बन्द रहल आ बन्द के असर बाजार, सरकारी कार्यालय, सड़क, आ कोर्ट ले देखे के मिलल. जिला जज के अपना आवास से कचहरी ले पैदले आवे के पड़ल.
बंद का दौरान कई जगहा तोड़फोड़ आ बवालो के खबर बा. म्यूनिसिपैलिटी चौक पर राजद नेता आ महाराजगंज के सांसद प्रभुनाथ सिंह अपना दल बल का साथे बंद करावे में लागल रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts