डेढ़ मिनट ले चलल नान स्टाप शूटिंग
-

कहल जाला कि अगर पूरा मेहनत आ लगन से कवनो काम पूरा तइयारी का साथे कइल जाव त कुछुवो कइल जा सकेला. एही बाति के नजारा पिछला दिने आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के फिल्म “दुश्मनी” के सेट पर देखे के मिलल जहाँ एगो गाना के डेढ़ मिनट के शूट बिना कवनो कट के पूरा कर लिहल गइल.

बतावल जा रहल बा कि निर्माता दुर्गा प्रसाद मजुमदार एह शूटिंग का दस दिन पहिलही से जूनियर निरहुआ प्रवेश लाल यादव आ नायिका शुभी शर्मा के नृत्य निर्देशक रामदेवन का साथे लगा दिहले रहलें जहाँ ऊ लोग रोज आठ आठ घंटा ले रिहर्सल करत रहे. एही से जब सेट पर नृत्य निर्देशक रामदेवन एक्शन कहलें त गाना के मुखड़ा पर बिना कवनो चूक के ऊ लोग नाचल आ एके टेक में शूत ओके हो गइल. फिल्म में ओह लोग का साथे चौबीस गो दोसरो कलाकार नृत्य करत रहलें.

निर्देशक राजकुमार आर पान्डे के निर्देशन में बनत एह फिल्म के शूटिंग मुंबई में करावल जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..