दिलजले के संगीतमय शुरुआत
-

भोजपुरी सिनेमा के सफलतम निर्माता में गिनाये वाला रामाकान्त प्रसाद एह साल के ब्लॉक बस्टर रहल फिल्म “दाग” से निर्देशकनो में सफल गिनाये लागल बाड़न. रामाकांत प्रसाद अब फेर भोजपुरिया परदा पर धमाल मचावे जा रहल बाड़न अपना नयका फिल्म “दिलजले” से.

पिछला दिने मुंबई के “ट्रायो डिजिटल स्टूडियो” में एह फिल्म के संगीतमय शुरुआत करावल गइल. कुमारी माई मूवीज आ आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट का बैनर में बने जा रहल एह फिल्म में फेर भोजपुरिया किंग स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ एक्शन स्टार विराज भट्ट के जोड़ी देखे के मिली. साथ में रहीहें अदाकारा रानी चटर्जी, स्वाति वर्मा, आनन्द मोहन, संतोष श्रीवास्तव, रितू पाण्डे, सीमा सिंह, आ गोलू.

“दिलजले” के गीत अशोक कुमार दीप आ प्यारेलाल यादव के, संगीत अशोक कुमार दीपे के, आ छायाकारी रवि चन्दन के रही. मुहुर्त का मौका पर रामाकांत प्रसाद के बधाई देबे दुर्गा प्रसाद मजुमदार, प्रवेश लाल यादव, अनिल सम्राट, सीमा सिंह, शब्बीर हुसैन, अननंजय रघुराज, तिलकराज वगैरह चहुँपल रहे लोग.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..