Narendra Modi is not in the race for PrimeMinister chair

Gujarat CM Narendra Modi has denied that he is in the race for PM chair. He says that we should serve the nation in the best possible way and he is serving it by serving Gujarat. There are many persons in the race for PM and he does not want to join that club.

गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु गांधी नगर में एगो जनसभा में कहले कि ऊ देश के प्रधानमंत्री पद का दौड़ में शामिल नइखन. कहलन कि अइले दिने सुने के मिलेला कि फलाँ प्रधानमंत्री का दौड़ में बाड़े. कबो शरद पवार के, कबो यशवन्त राव चह्वाण के, कबो मायावती के, आ कबो नीतीश कुमार के एह दौड़ में बतावल जाला. नरेन्द्र मोदी कहलन कि ऊ गुजरात के साढ़े पाँच करोड़ आबादिये के सेवा कर के संतुष्ट बाड़न आ गुजरातो के सेवा देशे के सेवा ह. कहलन कि हर आदमी देश का सेवा में लागो कवनो पद के अभिलाषा में ना.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *