भोजपुरी फिलिम में हिन्दी गीत – हे राम!

भोजपुरी फिलिम में हिन्दी गीत – हे राम!

– टीम अँजोरिया

#हे-राम #मेहमान #भोजपुरी-फिलिम #मनोज-भावुक

एह लेख के मथैला पढ़ि के हो सकेला कि रउरा लागे कि एह में विस्मय बा कि निराशा. बाकिर ई वास्तविकता बा. भोजपुरी फिलिम ‘मेरे राम’ के एगो गीत सुनि के ओकरा के साझा करत ई बात लिखले बानी.

हाल ही में रामलला प्रतिष्ठा दिवस के तीसरका वर्षगांठ का मौका पर एगो हिन्दी गाना के वीडियो रिलीज भइल. अमूमन अंजोरिया पर हिन्दी चरचा से परहेजे राखल जाला बाकिर कबो कबो जरुरी हो जाव त भागल ना जा सके.

ई गाना हवे मनोज भावुक के लिखल कविता ‘मेरे राम’. इहां रेघरिया देबे जोग बा कि एह फिलिम के नाता ना त अयोध्या से बा, ना मूर्ति स्थापना से. ई ओह राम के गीत बा जवन हर पल हमहन के अन्तर्मन में रहेलें आ जब-कबो मन से पुकार लीं त सोझा आ जालें हर समस्या के समाधान बतावे ला.

भोजपुरी फिलिम ‘मेहमान’ खातिर फिलिमावल एह गीत के पिछला दिने एस आर के म्यूजिक चैनल पर रिलीज कइल गइल बा. हालांकि फिलिम त पिछलके साल रिलीज हो गइल रहुवे. एह फिलिम के नायक बाड़न मशहूर भोजपुरी गायक अरविंद अकेला कल्लू आ ई गीतो उनुके आवाज में रिकार्ड कइल गइल बा.

निर्माता रोशन सिंह अउर सह-निर्माता शर्मिला आर. सिंह के बनावल एह फिलिम के निर्देशन कइले बाड़न लाल बाबू पंडित. वइसे त एह भोजपुरी फिल्म में करीब दस गो गाना बा बाकिर ओह में हिन्दी के ई अकेला गाना बा. शायद भगवान श्रीराम के व्यापकता देखत एकरा के हिंदी में राखल गइल बा.

एह गीत में मनोज भावुक लिखले बाड़न –

ये अन्धी गलियां हैं, इनमें भटक रहे नर-नारी
रंक की बात करूँ क्या मै, जब राजा यहाँ भिखारी
तुम बिन सब कुछ लगे अधूरा, तुम बिन सब बेकाम
… मेरे राम, मेरे राम, मेरे राम, मेरे राम

तोड़ के सारे बंधन मै भी द्वार तुम्हारे आया
नींद से जागा, होश में आया, तुम बिन मन घबराया
तुम ही हो रघुवर मेरे इस चित्त में आठों याम
… मेरे राम, मेरे राम, मेरे राम, मेरे राम

ई गाना रउरा यूट्यूब पर सुन सकीलें.

भोजपुरी फिलिम ‘मेहमान’ के संगीतकार बाड़न भोजपुरी सिनेमा के ख्यातिलब्ध लेखक-निर्देशक-संगीतकार रजनीश मिश्रा. जाने जोग इहो बा कि गीतकार मनोज भावुक आ संगीतकार रजनीश मिश्रा के जोड़ी जब जब साथे आवेला कमाल कर देला. बात चाहे, फिलिम ‘मेहंदी लगा के रखना’ के गीत “तोर बउरहवा रे माई” के होखो बा हाल ही में रिलीज फिलिम ‘ दुल्हिनिया नाच नचावे’ आ फिलिम ‘ आपन कहाये वाला के बा ‘ के. हर बेर ई जोड़ी इतिहास रचले बिया.

मनोज भावुक गीतकार होखला का साथही टेलीविजन पत्रकार, सुप्रसिद्ध साहित्यकार, संपादक आ जानल-मानल शायरो हउवन. भोजपुरी सिनेमा पर लिखल उनुकर किताब ‘भोजपुरी सिनेमा के संसार’ भावुक के भोजपुरी सिनेमा के इनसाइक्लोपीडिया कहवाए लागल बावे. मनोज भावुक के फ़िल्मफेयर, फ़ेमिना, दिल्ली प्रेस, भारतीय भाषा सम्मान वगैरह अनेके सम्मानन से नवाजल जा चुकल बा.

आजु के भोजपुरी फिलिमन के गीत लोग के भोजपुरी सिनेमे से दूर कर दिहले बाड़ी सँ. अइसना में गीतकार मनोज भावुक एगो उम्मीद के किरण बन के आइल बाड़न. उनुका के मोती बीए, शैलेन्द्र, मजरूह, अनजान, आ लक्ष्मण शाहाबादी के कतार में राखल जा सकेला.

आ चलते चलत फिलिम ‘मेहमान’ का बारे में जानलो जरुरी बा. ई एगो पारिवारिक फिलिम हवे जवना में मनोरंजन का साथही सामाजिक संदेशो बा. फिलिम के कलाकारन में अरविंद अकेला कल्लू, दर्शना बनिक, पूजा ठाकुर, समर्थ चतुर्वेदी, संजय पांडेय, विनोद मिश्रा, श्रद्धा नवल, रामसुजन सिंह, बीना पांडेय, संजीव मिश्रा, सोनू पांडेय, स्वस्तिका, अनु पांडेय, रिंकू आयुषी, अखिलेश वर्मा, माधवी श्री, अउर विष्णु कुमार जइसन दमदार कलाकार शामिल बाड़न.

 

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।