लाल लाल ओठवा से बरिसे ललईया


लाल लाल ओठवा से बरिसे ललईया
हो कि रस चुवेला
जइसे अमवा का मोजरा से रस चुवेला
हो कि रस चुवेला

लागे वाली बतिया ना बोलऽ मोरे राजा
हो करेजा छूवेला
तोरी मीठी मीठी बोलिया हो करेजवा छूवेला
हो करेजा छूवेला

भागेलू त हमके बोलावेला अँचरवा
भागेलू त हमके बोलावेला अँचरवा
अँखिया चुरावेलू त हंसेला कजरवा
हो हँसेला कजरवा

जिया के जंजाल भइल हमरी सूरतिया
डगर रोकेला
जहाँ जाईं तहाँ लोगवा डगरि रोकेला.

हो कि रस चूवेला
जइसे अमवा का मोजरा से रस चूवेला
हो कि रस चूवेला.

हम त रहनी एगो भोली रे चिरईया
हम त रहनी एगो भोली रे चिरईया
चिरई का पीछे पीछे लागल बा बहेलिया
लागल बा बहेलिया

चिरई का जलवा में फँसल बहेलिया
गोहार करेला
गोरी हमके छोड़ाव हो गोहार करेला

हो करेजा छूवेला.
तोरी मीठी मीठी बोलिया करेजवा छूवेला
हो करेजा छूवेला

घूमि घूमि देखऽतारऽ काहे मोर चलवा
घूमि घूमि देखऽतारऽ काहे मोर चलवा

तनिक छहाँई लऽ घमाई जाई गलवा
घमाई जाई गलवा

चलीं चाहे घमवा में बइठी चाहें छहँवा में
काहे मुएला
गोरे गलवा का पीछे केहू काहे मूवेला

हो कि रस चूवेला
जइसे अमवा का मोजरा से रस चुवेला
हो कि रस चुवेला

हो करेजा छूवेला
तोरी मीठी मीठी बोलिया हो करेजवा छूवेला
हो करेजा छूवेला


अँजोरिया पर पहिले से मौजूद दोसर गीत

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *