स्टेज शो का दौरान भइल दुर्घटना में तीन गो तकनीशियन के मौत, छह जने घवाहिल

काल्हु महाशिवरात्रि का मौका पर पंजाब के लुधियाना में आयोजित एगो कार्यक्रम का दौरान अपना गायक खेसारी लाल यादव के देखे सुने खातिर प्रवासी बिहारियन के भारी भीड़ जुटल रहे. कार्यक्रम के शूटिंगो होत रहे. ओही दौरान कैमरा क्रेन एगो हाउ टेंशन बिजली के तार से टकरा गइल. बिजली के तार से टकराते एगो विस्फोट भइल आ ओह क्रेन पर सवार तीन गो तकनीशियन के झँउसला से ओहिजे मौत हो गइल आ बाकी लोग घवाहिल हो गइल.

बतावल जात बा कि आ भारी भीड़ का दबाव से कैमरा मैन संजय के संतुलन बिगड़ गइल आ क्रेन एगारह हजार वोल्ट वाला बिजली के जिन्दा तार से जा टकराइल. ओकरा बाद भइल विस्फोट में संजय, गुरजीतआ उमेश कुमार के मौत हो गइल. बाकी छह लोग बहुते झँउसल हाल में शहर के अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े. दुर्घटना का बाद ओहिजा भगदड़ के हालात बनि गइल. संजोग अतने भइल कि भीड़ में लोग कचरा के मरल ना.

पुलिस एह कार्यक्रम के आयोजकन पर लापरवाही के मामिला दर्ज कर लिहले बिया. आयोजकन के कहना बा कि कार्यक्रम खातिर अनुमति ले लिहल रहे आ दुर्घटना का बेरा शहर के मेयर हुकुम सिहं गियासपुर मंच पर मौजूद रहले. दुर्घटना के मजिस्ट्रेटी जाँच करावे के आदेश दे दिहल गइल बा.


(समाचार माध्यम से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।