रवि किशन के मिलल राष्ट्रीय पुरस्कार

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के आजु बिहार का राजधानी पटना में विश्व स्काउट दिवस का मौका पर लार्ड बेडेन नेशनल अवार्ड २०१२ से सम्मानित कइल गइल. कला क्षेत्र में उत्कृष्ठ योगदान खातिर रवि किशन के ई पुरस्कार मानवाधिकार आयोग के अध्यक्ष जस्टिस एस. एन. झा के हाथे दिहल गइल.

बुध का दुपहरिया दानापुर के डी. ए.वी.पब्लिक स्कूल का प्रांगण में सैकड़न विद्यार्थियन का मौजूदगी में पुरस्कार लिहला का बाद रवि किशन बचवन का विकास में स्काउट गाइड के योगदान के चर्चा कइले आ कहलन कि अनुशासित बच्चवे सब देश के भविष्य हउवें. कहलन कि उहो अपना जीवन के अनुशासन स्काउटे से लिहलन.

बतावे जोग बा कि हर साल विश्व स्काउट दिवस का मौका पर २२ फरवरी के स्काउट गाइड ओर्गनाइजेशन अलग अलग क्षेत्र के विभूतियन के लार्ड बेडेन नेशनल अवार्ड से सम्मानित करेला. ई पुरस्कार पावे वाला भोजपुरी के पहिलका कलाकार बन गइलन रवि किशन. अबही ले केहु दोसरा के ई सम्मान नइखे मिलल. अपना बीस साल का फ़िल्मी कैरियर में रवि किशन हिंदी आ भोजपुरी में नाहियो त दू सौ से अधिका फिलिमन में काम कर चुकल बाड़े आ उनुका के अवार्डो एक सौ से अधिका बेर मिल चुकल बा. इहाँ ले कि भोजपुरी फिल्म जगत में अबहीं ले भइल नौ गो अवार्ड अउर सम्मान समारोहन में रविकिशन के सात हाली बेस्ट एक्टर के अवार्ड से नवाजल गइल बा.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।