मनोज तिवारी,मनोज तिवारी आ मनोज तिवारी

छोटका परदा पर फेर चलल मनोज तिवारी के जादू
भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के जादू छोटका परदा पर फेर चलल जब महुआ टीवी के रियलटी शो ‘सुरों का महासंग्राम’ के मनोज तिवारी क कुशल एंकरिंग का चलते जबरदस्त टी.आर.पी. मिलल. एहसे एक बात फेर साफ हो गइल बा कि भोजपुरिया दर्शकन के मनोज तिवारी के कुशल संचालन बहुते नीक लागेला. हर शुक आ शनिचर रात आठ बजे से देखावल जात एह शो के टीआरपी हिंदी बड़का चैनलनो से बेसी चलत बा. एकर श्रेय शो के एकंर मनोज तिवारी के जात बा.

पहिलहू मनोज तिवारी ‘सुर संग्राम’ आ ‘नहले पे दहला’ के कुशल संचालन कर के महुआ के अंतर्राष्ट्रीय ख्याति दिआ चुकल बाड़े. ‘नाच नचईया धूम मचाईया’ के संचालनो मनोज तिवारी कइले रहले आ ओहु शो के बढ़िया टीआरपी मिलल रहुवे.

मनोज तिवारी क्रिकेट के भगवान सचिन खातिर भारत रत्न मँगलन

भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी क्रिकेट के भगवान सचिन तेंदुलकर खातिर भारत रत्न मंगले बाड़न, कहलन कि सचिन तेंदुलकर सर उनुका के सही साबित कर दिहलन काहे कि ऊ सचिन के मंदिर बनवावत बाड़न अपना गाँवे. कहलन कि सचिन के तबले खेले देबे के चाहीं जबले ऊ चाहसु. साथही मनोज तिवारी सचिन के खिलाफ उलजलूल रिपोर्ट चलावे वाला चैनलन के आलोचनो कइले बाड़े.

बिहार चमकत बावे, कहलन मनोज तिवारी

भोजपुरी, संथाली, नागपुरी समेत दोसरो इलाकाई भाषा में बने वाली फिलिमन के ओहिजा के सरकार पचीस फीसदी सबसिडी दिहल करे. उत्तर प्रदेश सरकार क्षेत्रीय भाषा के फिलिमन के सबसिडी देबेले. अगर झारखंडो सरकार अइसने करे त सिनेमा से जुड़ल प्रदेश के लोगन के कल्याण होखी.

ई बाति मनोज तिवारी पिछला दिने बोकारो के होटल आदित्य इंटरनेशनल सेक्टर चार में एगो संवाददाता सम्मेलन में कहलन. कहलन कि बिहार आ झारखंड के आपन सेंसर बोर्ड बना के भोजपुरी गीतन से अश्लीलता रोके के चाहीं.

बिहार का बारे में मनोज तिवारी कहलन कि बिहार इज शाइनिंग. रविकिशन से अपना वैचारिक मतभेद के बाति मनोज सकार लिहलन. कहलन कि ऊ भोजपुरी खातिर पूरा सहयोग ना देसु.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।