सीमा सिंह के मिलल भोजपुरिया हेलन सम्मान
-

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के पिछला दिने दिल्ली में आयोजित छठवां विश्व भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरिया हेलन सम्मान से सम्मानित कइल गइल. नयी दिल्ली के द्वारिका में आयोजित एह समारोह के मंच से जब सम्मानित करे खातिर सीमा सिंह के नाम पुकारल गइल त ओहिजा मौजूद सबही ताली बजा के सीमा सिंह के स्वागत कइल.

एह अवसर पर भोजपुरी सिनेमा जगत के अनेके बड़हन हस्ती जइसे कि कुणाल सिंह, रिंकू घोष, रानी चटर्जी, निर्देशक असलम शेख, निर्माता निर्देशक राजकुमार पांडे वगैरह मौजूद रहले. कार्यक्रम के कुशल संचालन मनोज भावुक आ अभिनेत्री श्वेता तिवारी कइली. एह मौका पर मनोज भावुक के बनावल एगो डाक्यूमेंटरी फिल्म “50 साल के भोजपुरी सिनेमा के सफर” देखावल गइल.

गौरतलब बा कि सीमा सिंह के पहिलहू अनेके सम्मान मिल चुकल बा. ‘नाच नचइया धूम मचइया’ के ऊ विजेता रहली. अब भोजपुरिया हेलन के सम्मान मिलला पर समूचा भोजपुरी फिल्म जगत उनुका के बधाई दिहले बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts