नीतीश कुमार देखे अइलन ‘बिदेसिया’ के प्रीमीयर

यशी फिल्मस् प्रा. लि. आ महुआ मीडिया प्रा.लि. के बैनर तले बनल श्रमपलायन पर आधारित ‘बिदेसिया’ फिल्म के प्रीमियर बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पटना के मोना सिनेमा हॉल में देखलन. एह मौका पर उनुका साथे रहलन बिहार के मानव संसाधन मंत्री पी. के शाही, खाद्य उपभोक्ता संरक्षण मंत्री श्याम रजक, आ राज्य सभा सांसद वशिष्ठ नारायण सिंह. मुख्यमंत्री पूरा फिल्म देखलन आ फिल्म के सफलता खातिर शुभकामना दिहलन.

नीतीश कुमार निरहुआ, पाखी आ छवि पाण्डेय के बेहतरीन अदाकारी खातिर तारीफ कइलन आ निर्माता अभय सिन्हा अउर महुआ मीडिया के एह बेहतरीन फिल्म बनावे ला साधुवाद दिहलन.

प्रीमीयर शो के दौरान फिल्म के नायक दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’, नायिका पाखी हेगड़े आ छवि पाण्डेय, निर्माता अभय सिन्हा, निर्देशक रंजन सिंह, महुआ के पंकज तिवारी, राणा यशवंत, पी. आर. ओ. प्रशांत निशांत आ महुआ मीडिया के सी.एम.डी. पी. के तिवारीओ मौजूद रहले. एह मौका पर अनेके प्रशासनिक अधिकारियो आइल रहले.

बतावत चलीं कि “बिदेसिया” बिहार आ मुंबई के 80 से बेसी सिनेमाघरन में शानदार व्यवसाय करत बिया.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।