"राजाजी" के लेके मनोज पांडे आ सुप्रेरना सिंह का बीच ठन गइल बा
-

भोजपुरी इंडस्ट्री के गरम जोड़ी, माने कि मनोज पांडे आ सुप्रेरना सिंह, में एक बेर फेरू ठन गइल बा. अबकी के मामिला फिल्म “राजाजी” के प्रमोशन के बा.

एने बहुते दिन से सुप्रेरना फिल्म के प्रमोशनल फंडा से ढेरे नाखुश नज़र आवत रहली. उनुका शिकायत बा कि उनुका के फिल्म “राजाजी” के प्रमोशन में तवज्जो नइखे दिहल जात जवना के ऊ हकदार बाड़ी. फिल्म के प्रमोशन के पूरा फोकस फिल्म के हीरो आ प्रस्तुति पर बा. अइसना में सुप्रेरना के नाराज़गी लाज़मी बा.

हालांकि फिल्म के निर्देशक रवि कश्यप एह बात से इन्कार करत बाड़े. उनुकर कहना बा कि फिल्म के दुनु सितारन के बराबर भाव दिहल जात बा. मनोज पांडे आ सुप्रेरना सिंह के जोड़ी एहसे पहिलहू कई गो हिट फ़िलिम दिहले बावे आ एह लोग के रोमांटिक जोड़ी के परदा पर बहुते पसन्दो कइल जाला. बाकिर अबकी मामिला बहुते घुरपेंच नजर आवत बा.

बहरहाल, इन्तजार करिके देखल जाव कि अपना एह दुनु सितारन के टशन रवि कश्यप कइसे सम्हारत बाड़े ?


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया के रिपोर्ट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts