सिनेमा भोजपुरी में बिंदु दारा सिंह

बिग बॉस विजेता रह चुकल बिंदु दारा सिंह अब भोजपुरी फिल्म “विध्वंस’ में आपन जलवा देखावत लउकीहें. ईन्वेन्ट्रा इंटरटेनमेंट क पेशकश फिलिम “विध्वंस” में बिंदु अगो अन्धविश्वासी नरभक्षी बनल बाड़े जे छोटहन बच्चन के अपहरण कइला क बाद ओकनी के मार के खा जात बा. निठारी हत्याकांड पर आधारित एह फिल्म से बिंदु पहिला बेर भोजपुरी फिल्म में इन्ट्री लेत बाड़े. एहसे पहिले उनुकर पिता दारा सिंह अनेके भोजपुरी फिलिम कर चुकल बाड़े.

बिंदू के कहना बा कि भोजपुरी फिल्मोद्योग अब विकसित हो गइल बा आ कवनो कलाकार एकर अनदेखी ना करि सके अब. बिंदु एह फिलिम का माध्यम से एगो बड़हन दर्शक समुदाय से जुड़े के तमन्ना रखले बाड़े.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।