‘चली ना जवनिया पे जोर राजा जी’ क मुहूर्त भइल

सिंहानिया क्रिएशन के बैनर तले बनत पवन सिंह स्टारर भोजपुरी फिल्म ‘‘चली ना जवनिया पे जोर राजा जी’ क मुहुर्त पिडला दिने धूम-धाम से मुंबई के अंधेरी (पश्चिम) में एम फोर यू स्टूडियो में विधायक आ गीतकार विनय बिहारी नारियल तोड़के कइलन. एह रोमांटिक आ कॉमेडी प्रधान फिल्म के शूटिंग जल्दिए मुंबई में कइल जाई.

फिल्म में कुल आठ गो गाना बा जवन सब के सब सुने में मीठ बाड़ी स. निर्माण करत बाड़े नीरज डी. गुप्ता आ प्रतिभा सिंह, निर्देशन शैलेश श्रीवास्तव करीहे. एह फिल्म में पहिला बेर पवन सिंह का साथे परी सिंहानिया नायिका बन के अइहें. परी सिंहानिया एहसे पहिले ‘कोख’ आ ‘दबंग मोर बालमा’ मे मुख्य किरदार कर चुकल बाड़ी. लेखक-गीतकार आ संगीतकार बाड़े विनय बिहारी.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, परी सिंहानिया, अनिल पाठक, गोपाल राय, जय सिंह, देव सिंह, मंटू लाल, सोनिया मिश्रा, निलिमा सिंह आ अखिलेश राज के नाम बा.

मुहुर्त का एह मौका पर प्रिया कपूर, पुष्पा वर्मा, निलिमा सिंह, हरीश जायसवाल, हरीश गुप्ता, प्रदीप सिंह, राजकुमार आर. पाण्डेय, सपना, पायल सेठं समेत अनेके लोग एकरा टीम के शुभकामना देबे मौजूद रहल.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।