टाईम्स ऑफ इंडिया कहलसि निरहुआ के भोजपुरी किंग

देश के मशहूर आ प्रतिष्ठित अंग्रेजी अखबार द टाईम्स ऑफ इंडिया में प्रकाशित ‘‘किंग्स ऑफ प्रोविन्सेज’’ लेख में भोजपुरी जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ के भोजपुरी सिनेमा के किंग बतावल गइल बा. एह लेख में टाईम्स ऑफ इंडिया देश के इलाकाई फिलिमन के स्टारन के सूची छपले बावे जवना में तमिल स्टार एम. जी. रामचन्द्रन, तेलुगू स्टार एन. टी. रामाराव, मलयालम स्टार मोहनलाल, छत्तीसगढ स्टार अनुज शर्मा आ सिनेमा भोजपुरी के सबले बड़का स्टार में निरहुआ के नाम लिखल गइल बा.

गौरतलब बा कि भोजपुरी जुबली स्टार ‘निरहुआ’ भोजपुरी सिनेमा के नया ऊँचाई दिहले बाड़न आ पिछला पाँच साल से सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन नायक बाड़न.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।