टीवी धारावाहिक रंगीला निरहू के शूटिंग

पिछला दिने जल्दिये शुरु होखे जा रहल भोजपुरी के एगो नया टीवी चैनल “हमनी भोजपुरिया टीवी” खातिर मुंबई के मड आईलैण्ड के सुतारवाडी स्टूडियो में धारावाहिक “रंगीला निरहू” के मुहुर्त करा के पाँच दिन के शूटिंग करावल गइल. एह धारावाहिक के कहानी कुछ अइसन बा कि रामभरोसे चलत रामभरोसे होटल के मालिक सेठ राम के लड़िका निरहू हीरो बने के सपना देखत बा. ओकर सपना भूत बन के ओकरा पर अइसन सवार बा कि सभे लोग ओकर फायदा उठावत बा. लोग निरहू के उल्लू बना के उधारी में होटल में खा के टरक जात बा. रोजे कवनो ना कवनो लड़की ओकरा से मिले आवत बिया आ ओकरा के बेवकूफ बना ओकर माल गटक सरक लेबेले. आखिरकार निरहू के असलियत के थाह लाग जात बा आ ओकरा माथ से हीरो बने के भूत उतर जात बा. निरहू लड़िकाई मे बियाहल आपन मेहरारू छबीली के घरे ले आवत बा बाकिर मुसीबत ओकर पाछा नइखे छोड़त. धारावाहिक इहे देखाई कि कइसे निरहू के जिनिगी के गाड़ी पटरी पर आई.

धारावाहिक के कलाकारन में वीरेन्द्र सिंह चौहान निरहू, विजया सिंह, संजय वर्मा, रतन लाल, अविनाश पाण्डे, अजय मौर्या, मनोज कुमार, संगीता सिंह, अभिलाषा, माया सिंह आ विक्की पीटर के नाम खास बा. निरहू आ विजया सिंह एकरा पहिलहू कई फिल्मन में काम कर चुकल बा लोग. एह धारावाहिक के निर्माता राजेन्द्र आर चौहान, निर्देशक संतोष कुशवाहा, गीतकार लेखल विंध्या शुक्ला, संगीतकार अतुल तिवारी आ छायाकार सूरज त्यागी हउवें.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।