अंजन के रोड शो में अंजना के जलवा

भोजपुरी सिनेमा के गरम लिट्टी अंजना सिंह भोजपुरी के नयका मनोरंजन चैनल “अंजन टीवी” खातिर अपना शहर लखनऊ में मीडिया से रूबरू हो के चैनल का बारे में जानकारी त दिहबे कइली शहर के सड़कन पर अपान काफिला का संगे निकल के रोडो शो कइली.

बतावे जोग बा कि पिछला दिने एह भोजपुरी मनोरंजन चैनल “अंजन टीवी” के भव्य लॉन्चिंग मुंबई में कइल गइल रहे. अंजन टीवी के जन जन तक चहुँपावे खातिर दिल्ली से एगो रोड शो के शुरुआत कइल गइल बा जवन चालीस दिन का अपना सफर में पिछला अतवार के लखनऊ चहुँपल रहे. एह रोड शो के अगुवाई करत रहली लखनऊ के मूल निवासी अंजना सिंह. लखनऊ के लोग अपने शहर के अभिनेत्री के जोरदार स्वागत कइल.

एह रोड शो खातिर मीडिया से रुबरू अंजना सिंह कहली कि जवना शहर में पलइली पसइली ओही शहर में एगो सेलिब्रेटी का रूप में आइल कवनो सपना पूरा भइल जस लागत बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।