एक बिहारी आ ज्वालामंडी से जगदीश शर्मा के चल निकलल

जगदीश शर्मा अइसन निर्देशक हउवन जे बालीवुड के रंगीन दुनिया छोड़ भोजपुरी इंडस्ट्री के आगे बढ़ावे के जिम्मा ले लिहलन. जगदीश शर्मा के निर्देशन में बनल आ हालही में रिलीज भइल “निरहुआ“ अभिनीत एक बिहारी सौ पे भारी के बिहार के दर्शक बालीवुड स्टार सलमान खान के फिल्म एक था टाइगर से टक्कर में ज्यादा बाव दिहलें आ फिलिम पहिलके हफ्ता में चालीस लाख से बेसी के नेट कलेक्शन कर लिहलसि.

एही तरह रविकिशन अभिनीत ज्वालामंडी के सफलता एह सफलता के कई गुना बढ़ा दिहलसिल एह फिलिम में रविकिशन आ अवधेश मिश्रा के बीच को बड़ छोट कहत अपराधू वाला हाल बा. दुनु के अदाकारी फिलिम के लाजवाब बना दिहले बावे. बिहारी दर्शक बारी बारी दुनु फिलिम के आनंद लेत बाड़ें आ वितरकन के लागत बा कि सिनेमा भोजपुरी के गाड़ी फेर आपन रफ्तार धर लिहले बिया.

दुनु फिलिमन के सफलता से निर्देशक जगदीश शर्मा के मिले वाला बधाईयन के ताँता लागल बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।