काहे बँसुरिया बजवलऽ के शूटिंग पूरा

श्री नरसिंह फिल्म प्रोडक्शन के “काहे बँसुरिया बजवलऽ” के दू दिन के पैचवर्क शूटिंग खतम होखते एकर शूटिंग के काम पूरा हो गइल. निर्माता प्रदेश कुमार सर्राफ आ निर्देशक कुमार विकल के एह फिल्म में नागेन्द्र चौधरी के संगीत सरोज अनजाना के गीत, ओमी आ महेश आचार्य के नृत्य निर्देशन, सुरेश शेट्टी के एक्शन आ गोपाल देव के फिल्मांकन बा. मुख्य कलाकारन में आकाश सुलभ, कल्पना साह, कुणाल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, कुणाल बैकुण्ठ सिंह, सुमन झा, अभिमन्यु राज, नारायण कबीर, बंटी, माया यादव आ मेहनाज के नाम बा.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..