तीसरी कसम किरिया खिया दी नीतीश सरकार के

ग्रामीण योजना के प्रचार करे खातिर बिहार सरकार राज कपूर आ शैलेंद्र के मशहूर फिलिम “तीसरी कसम” देखावत चलत बिया. एह फिलिम का बीच बीच में सरकारी अधिकारी ग्रामीण विकास के योजना का बारे में बतावेलें. बाकिर एह फिलिम के बनावे वाला मशहूर संगीतकार शैलेंद्र के परिवार के लोग नाराज बा कि फिलिम देखावे से पहिले ओह लोग से इजाजत ना लिहल गइल. अब ऊ लोग सरकार से पन्द्रह करोड़ रुपिया हरजाना माँगत बा.

जान जाईं कि साल 1967 में शैलेन्द्र के परिवार के लोग कोर्ट से आदेश ले लिहल कि एह फिलिम के पूरा कॉपीराइट ओह लोग का लगे बा. एह फिलिम के शूटिंग के बड़हन हिस्सा आरा जिला में भइल रहुवे जहवाँ के शैलेन्द्र रहलें.

0 Comments

Submit a Comment