तीसरी कसम किरिया खिया दी नीतीश सरकार के

ग्रामीण योजना के प्रचार करे खातिर बिहार सरकार राज कपूर आ शैलेंद्र के मशहूर फिलिम “तीसरी कसम” देखावत चलत बिया. एह फिलिम का बीच बीच में सरकारी अधिकारी ग्रामीण विकास के योजना का बारे में बतावेलें. बाकिर एह फिलिम के बनावे वाला मशहूर संगीतकार शैलेंद्र के परिवार के लोग नाराज बा कि फिलिम देखावे से पहिले ओह लोग से इजाजत ना लिहल गइल. अब ऊ लोग सरकार से पन्द्रह करोड़ रुपिया हरजाना माँगत बा.

जान जाईं कि साल 1967 में शैलेन्द्र के परिवार के लोग कोर्ट से आदेश ले लिहल कि एह फिलिम के पूरा कॉपीराइट ओह लोग का लगे बा. एह फिलिम के शूटिंग के बड़हन हिस्सा आरा जिला में भइल रहुवे जहवाँ के शैलेन्द्र रहलें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।