सतसइया के दोहरे अरु नावक के तीर, देखन में छोटन लगें घाव करें गंभीर

विज्ञान प्रौद्योगिकी मंत्री गौतम सिंह के ताजपुर में अभिनन्दन भइल. कहलें क जनता के उम्मीद पर पूरा उतरे के कोशिश करीहें. कहलें कि माँझी के हरियाणा बनावे के वादा कइले बानी आ ओह पर काम शुरू हो गइल बा.

रिविलगंज हाई स्कूल में सिग्रीवाल के स्वागत भइल. बतवलें कि रिविलगंज के पेयजल समस्या खतम करे खातिर एहिजा सात करोड़ के लागत से पानीटंकी बनावल जाई.

मशरख थाना के बहादुर गाँव में आग लगला से लाखो रुपिया के संपति राख हो गइल.

गोपालगंज विधिक न्यायालय में लोक अदालत लगा के सवा चार हजार मुकदमा के निपटावल गइल. एह मुकदमन में दाखिल खारिज के लगभग चार हजार मामिला रहुवे. कुछ मामिला बैंक करजा से जड़ल रहे. अधिकतर मामिला दुनु पक्ष का आपसी सहमति से करावल गइल.

अखिल विश्च भोजपुरी समाज मंच के एगो बइठक काल्हु आरा में भइल जवना में भोजपुरी के मान्यता खातिर केन्द्र से सिफारिश करे खातिर दिलीप वर्मा के प्रस्ताव पर बिहार सरकार के सहमति पर खुशी जाहिर कइल गइल. माँग उठावे खातिर दिलीप वर्मा के बधाई दिहल गइल.

मोतिहारी में पिपरा टीसन पर मुजफ्फरपुर नरकटियागंज एक्सप्रेस में चेन पुलिंग कर के भागत तीन गो बदमाशन के रल पुलिस चहेट के पकड़ि लिहलसि.

बरहज देवरिया के बाबा राघवदास भगवान दास पीजी कालेज में बाबा राघवदास के ११५वीं जयन्ती के समारोह आजु अतवार से शुरु होखी. काल्हु दीक्षान्त समारोह में साल २००९ में स्नातक आ स्नाकोत्तर परीक्षा पास करे वालन के उपाधि दिहल जाई. दीनदयाल उपाध्याय विश्वविद्यालय गोरखपुर के कुलपति समारोह के अध्यक्षता करीहें.

पूर्वमंत्री आ कांग्रेसी नेता महाबीर प्रसाद के ब्रह्मभोज शनिचर का दिने उनका गाँव उज्जरपार में करावल गइल.

शीतला घाट बम विस्फोट में घवाहिल एगो महिला के काल्हु अस्पताल में मौत हो गइल. एगो बच्ची के मौत विस्फोट का साथही हो गइल रहे. अबहीं ले विस्फोट का जाँच में कवनो खास प्रगति नइखे भइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..