विराज भट्ट आ रिंकू घोष गोपीगंज में

Viraj-Rinku-Prathaसिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ बबली गर्ल रिंकू घोष एह घरी उत्तर प्रदेश के गोपीगंज आ भदोही में अपना नइकी फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ के शूटिंग में व्यस्त बाड़ें. निर्देशन करत बाड़ें निहाल सिंह.

विराज भट्ट आ रिंकू घोष के जोड़ी गोपीगंज आ भदोही के लोगन खातिर आकर्षण के केन्द्र बन गइल बाड़ें. अपना चहेता विराज भट्ट अउर रिंकू घोष के देखेला बड़हन भीड़ जुट जात बा. केहू ऑटोग्राफ लेत बा त केहु संगे फोटो निकलवावल चाहत बा.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।