विराज भट्ट आ रिंकू घोष गोपीगंज में

Viraj-Rinku-Prathaसिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ बबली गर्ल रिंकू घोष एह घरी उत्तर प्रदेश के गोपीगंज आ भदोही में अपना नइकी फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ के शूटिंग में व्यस्त बाड़ें. निर्देशन करत बाड़ें निहाल सिंह.

विराज भट्ट आ रिंकू घोष के जोड़ी गोपीगंज आ भदोही के लोगन खातिर आकर्षण के केन्द्र बन गइल बाड़ें. अपना चहेता विराज भट्ट अउर रिंकू घोष के देखेला बड़हन भीड़ जुट जात बा. केहू ऑटोग्राफ लेत बा त केहु संगे फोटो निकलवावल चाहत बा.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..