सातवाँ विश्व भोजपुरी सम्मलेन में सम्मानित भइली गुंजन पन्त आ नेहाश्री

Ginjanpant-awardedहालही में दिल्ली में पुर्वान्चल एकता मंच के आयोजित 7वाँ विश्व भोजपुरी सम्मलेन में भोजपुरी कलाकारन के सम्मानित कइल गइल. सम्मान का बाद अपना संबोधन में गुन्जन पन्त खुशी जतवली कि गैर भोजपुरी होखला का बावजूद भोजपुरी से जवन मान-सम्मान आ प्यार उनुका मिलल बा तवना ला ऊ भर जिनिगी भोजपुरिया समाज के आभारी रहीहें.
NehaShri-awarded
एह आयोजन में भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह, सुपर स्टार नायक मनोज तिवारी, पवन सिंह, चुन्नू सिंगापुरी, फिल्म निर्माता अभय सिन्हा, निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ अभिनेत्री अंजना सिंह, संगीता तिवारी, सीमा सिंह अउर नेहाश्री सिंहो के सम्मानित कइल गइल.

राजस्थान के स्टार अभिनेत्री नेहाश्री सिंह के “पुर्वान्चल गौरव सम्मान” से सम्मानित कइल गइल जिनकर फिल्मी कैरियर के शुरुआत भोजपुरी हिट फिलिम “साजन चले ससुराल” से भइल रहल.


(अपना न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।