पिया परदेस गइल में गोपाल सिंह इंसपेक्टर का भूमिका में

गायक बन के नायक बने के परम्परा निभावत गोपालो सिंह भोजपुरी सिनेमा में कदम धर दिहले बाड़न. गोपाल सिंह के कई गो अलबम पहिलही धूम मचा चुकल बा आ लोग इनका गायकी के दिवाना बन चुकल बा. गोपाल सिंह अभिनीत पहिलका फिल्म रहुवे गंगा मिले सागर से आ अब दुसरको फिल्म बन के तइयार हो चुकल बा. एह फिल्म के नाम हऽ पिया परदेस गइल जवना में गोपाल सिंह एगो पुलिस इंसपेक्टर के भूमिका कइले बाड़न.


गोपाल सिंह पूरा तइयारी कर के सिनेमा का दुनिया में आइल बाड़े. एक्टिंग के कोर्स कइलें, मुंबई में डांस सीखलें आ एक्शन में त माहिरे हउवन. मशहूर फाइट मास्टर दर्शन कुमार के ऊ आपन गुरु मानेलें. गोपाल सिहं के इच्छा रहेला कि कवनो फूहड़ संवाद भा गीत इस्तेमाल कइला बिना फिल्म करस जवना के पूरा परिवार एक साथ बइठ के देख सको.

भोजपुरी सिनेमा का साथ साथ गोपाल सिंह एगो हिन्दी फिल्म रब दी मर्जी ओ में इंसपेक्टरे के रोल अदा कर रहल बाड़न. साथही स्टेजो शो करत रहेलें जवना में उनकर प्रशंसकन के भीड़ खूब जुटेला.


(स्रोत : मो॰ खालिद)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।