आपदा राशि लेबे जात लोग दुर्घटना में पड़ल

माँझी सिसवन मार्ग पर सिसवन पूरुब टोला का लगे काल्हु दुपहरिया में एगो टेम्पो का पलटला से ओह पर सवार दर्जन भर सवारी घवाहिल हो गइलें. एक जने के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि ऊ लोग आपदा राहत राशि लेबे खातिर सिसवन प्रखण्ड मुख्यालय जात रहुवे जब ई दुर्घटना हो गइल. शुभंकर छपरा डीह पर के श्यामबहादुर सिंह के मौत हो गइल. बाकी घवाहिलन के रेफरल अस्पताल में भरती करावल गइल. दुर्घटना का बाद टेम्पोचालक फरार हो गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।