श्री कृष्णा अब भोजपुरी में

भोजपुरी के पसन्दीदा टीवी चैनल महुआ हर वर्ग के दर्शकन के पूरा ध्यान राखेला, चाहे ऊ लड़िकन के शो होखे, मेहरारुवन खातिर होखे, भा नौजवानन खातिर. सबका लायक रुचिकर शो के निर्माण आ प्रसारण महुआ टीवी पर होत रहेला. एही क्रम में धार्मिक धारावाहिकन का कड़ी में ॐ नमः शिवाय आ रामायण का बाद अब हर सोमार से शुक ले सबेरे साढ़े आठ बजे से श्री कृष्णा के प्रसारण कइल जा रहल बा.

Logo of Sri Krishna TV Show

रामानन्द सागर के बनावल ई धारावाहिक दूरदर्शन पर अपना पहिला प्रसारण में बहुते लोकप्रिय भइल रहे. अब ओहि धारावाहिक के भोजपुरी में डब कर के प्रसारित कइल जा रहल बा. भगवान श्रीकृष्ण से ले के कंस मामा तक सब लोग भोजपुरी में बतियावत नजर आई. सागर इन्टरप्राइजेज के एह धारावाहिक के आनन्द सागर, मोती सागर, आ रामानन्द सागर निर्देशित कइले रहलें आ मुख्य किरदारन में ए टी बनर्जी, अनुराधा, दीपिका दवे, आ डी एस सिधे शामिल बाड़े.

भोजपुरी में श्री कृष्णा देखल बहुते रोचक रही आ बाल कृष्ण के लीला रउरा के भक्ति भाव से टीवी का सोझा बइठे के मजबूर कर दीहि.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..