बड़की मलिकाईन का कहानी में ट्विस्ट
-

भोजपुरी के लोकप्रिय टीवी चैनल महुआ पर देखावल जा रहल डेली सोप बड़की मलकाईन में एगो नया ट्विस्ट आवे वाला बा. बड़की मलकाईन बनल प्रेमा के जिनिगि फेर से रंगीन बने जा रहल बा. उनका माँग में सिन्दूर आ माथ पर सुहाग के टीका फेर टँगाये वाला बा.
Badki Malikayan on Mahuaa TV
बड़की मलकाईन का पड़ोस में उनका ससुर के एगो पुरान मीत के परिवार गाँव में वापिस लवटि रहल बा. ओहि परिवार के एगो लड़िका बा मयंक जे शहर से एमबीए कर के गाँव के विकास के सपना ले के आइल बा. दुनु परिवार के दोस्ती आगा बढ़त बा आ बड़की मलकाईन के ससुर रामजनक चौधरी एह दोस्ती के रिश्तेदारी में बदल दिहल चाहत बाड़न. ऊ चाहत बाड़े कि उनकर विधवा पतोह के शादी मयंक से हो जाव.

एह सब से अनजान मयंक आ प्रेमा के मुलाकातो प्यार भरल होत बा आ दुनु मने मने एक दोसरा के चाहे लागत बाड़े. अब सब कुछ सीधा राह धरत लउकत बा बाकिर गाँववाले एह शादी का खिलाफ खड़ा हो जात बाड़े. कुल परिवार के परम्परा का नाम पर एह विधवा विवाह के भरपूर विरोध होत बा. त का रामजनक अपना पतोह के शादी मयंक से करवा पइहें? जाने देखे खातिर देखल करीं बड़की मलकाईन. सोमार से बियफे ले रोज रात नौ बजे से एह शो के प्रसारण महुआ पर कइल जाला.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts