पवन सिंह के मतलब हिट पर हिट
-

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार पवन सिंह के जादू दर्शकन का कपारे चढ़ के नाचत बा तबहिये त उनकर हर फिल्म हिट हो जात बा. अबही के आलम ई बा कि एह साल पवन सिंह के के सगरी फिलिम हिट हो गइल बाड़ी सँ. साल के शुरुआत में रिलीज जब केहू दिल में समा जाला कमाल के सफलता दर्ज कइलस आ बाक्स आफिस पर सुपर हिट रहल. फेर आइल देवरा बड़ा सतावेला. एह फिल्म में पवन सिंह रविकिशन का साथे अइलें आ ई जोड़ी डबल सफलता पा गइल. बिहार के दर्जन भर सिनेमाघर में ५० दिन तक लगातार चलल आ अब यूपी में रिकार्ड सफलता पा रहल बा. पिछला महीना रिलीज प्यार बिना चैन कहाँ रे ओ के बाक्स आफिस पर धूम मचल बा. करीब २५ सिनेमाघर में चल रहल एह फिल्म के व्यवसाय रिकार्डतोड़ चलत बा. एह फिल्म के महिला दर्शक खूबे पसन्द कर रहल बाड़ी.
Pawan Singh kissing Monalisa
एह तीनो का अलावे पवन सिहं के एगो अउरी फिल्म निर्माता संदीप श्रीवास्तव के सईयां के साथ मड़ईया में बिहार के तीस गो सिनेमाघर में हाउसफुल कलेक्शन ले आ रहल बा. टिकट के कालाबाजारी चल रहल बा. एह फिल्म के मिलल सफलता पवन सिंह के फैन फालोइंग देखावत बा. अब पाँच महीना में चार गो हिट देख के इहे नू कहल जाई कि पवन सिहं हिट पे हिटे के नाम हऽ.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

2 Comments

  1. sanjay singh

    Devra Bada Satavela ke chhod ke baki sab flap ba …. Shirshak aisan hokhe la chaahi … Flop pe Flop

    Reply
  2. ragvendra singh

    pawan singh bhojpuri ke naya sitara baran…kuch din ke bad u sabke pachhar dihan..

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts