लेखक: Editor

ब्लाक प्रमुखन के चुनाव पूरा भइल

उत्तर प्रदेश पंचायत चुनाव का क्रम में काल्हु ब्लाक प्रमुखन के चुनाव पूरा हो गइल. अधिकतर जगहा से बसपा उम्मीदवार जीतल बाड़न. ज्योतिबा फूले नगर के हसनपुर क्षेत्र में बसपा विधायक भगवान शर्मा उर्फ गुड्डू पंडित के गिरफ्तार कर लिहल गइल...

Read More

अब काम छोड़े से तीन महीना पहिले नोटिस देबे के पड़ी

आईटी सेक्टर में कर्मचारियन के बार बार नौकरी छोड़ला बदलला पकड़ला से कंपनी सब आजिज आ गइल बाड़ी सँ आ अब मंदी के दौर से निकलत कंपनी अपना कर्मचारियन के नौकरी छोड़ला पर रोक लगावे खातिर तीन महीना के नोटिस माँगत बाड़ी सँ. पहिले ई अवधि एके...

Read More

छपरा में चार गो पंचायत अब ना रहल

पिछला चुनाव में छपरा जिला में ३३० गो पंचायत रहली सँ जवना में से चार गो पंचायत के परसा बाजार नगरा पंचायत में शामिल करा दिहला का चलते अबकी होखे वाला चुनाव ३२६ पंचायत में करवावल जाई. पंचायत चुनाव के विभागीय तइयारी शुरु हो गइल बा. ५...

Read More

मनरेगा के आफिसर घूस लेत धराइल

मोतिहारी के बंजरिया प्रखण्ड प्रमुख रेहाना खातून से एगो चेक देबे का पहिले मनरेगा के प्रोजेक्ट आफिसर मुस्तफा नवाज ४० हजार रुपिया घूस में मँगले. एकर शिकायत विजिलेंस में करा दिहल गइल आ विजिलेंस के टीम काल्हु बुध का दिने मुस्तफा नवाज...

Read More

लालू प्रसाद से इस्तीफा मँगले अखलाक

पिछला विधानसभा चुनाव में राजद के मिलल हार के जिम्मेदार राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद के बतावत पूर्व मंत्री अखलाक अहमद उनकर इस्तीफा मँगले. लालू का सामने उनुके पार्टी का बइठका में उनके कवनो नेता उनुकर इस्तीफा माँग लेव ई...

Read More

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..