Durga Puja celebrations all over the country

Devotees are thronging the Puja Pandals to pay their regards to Maa Durga, Maa Laxmi, and Maa Saraswati. Special Havans and pujas are performed at various shakti-peeths on Navami. Ami Mandir of Chapra is attended by devotees coming from the state and outside as this is regarded as a Shakti-peetha.

शारदीय नवरात्र के नवमी पूजा

आजु नवमी के दिन हऽ आ आज आमी मन्दिर में ढेरे लोग नवमी के पूजा हवन करे राज्य का कोना कोना से चहुँपेला. कहल जाला कि अपना पिता राजा दक्ष के यज्ञ में भगवान शिव के सही सम्मान ना मिलला से नाराज उमा हवनकुण्ड में कूद के जान दे दिहले रही. बाद में उनकर लाश लेके भगवान शिव ताण्डव कइले त पार्वती जी के शरीर के अंग प्रत्यंग देश के कई हिस्सा में गिरल. जहाँ जहाँ गिरल ओहिजा शक्ति पीठ हो गइल. आमी मन्दिरो के गिनती शक्ति पीठे में होला.

ओने पूरा रा्ज्य में श्रद्धालु पूजा पंडालन में देवी प्रतिमा के दर्शन करे खातिर उमड़ पड़ल बाड़े. कई जगहा चुनावी माहौल में राजनीतिक टिप्पणी करे वाली झाँकी लगावल गइल बा.

0 Comments