Lohia Vahini chief accused in theft case

In a theft case in the house of a Ravindra Yadav the Deoria SP Majdoor Sabha district chief Rampravesh Yadav has lodged a FIR against ten persons by name. These names include the name of Ram Prakash Yadav alias Munna who is the local chief of Lohia Vahini. This has created a vertical split in the local SP unit. Police thinks this to be a political case.

देवरिया के समाजवादी पार्टी के दू धड़ा एगो चोरी का मामिला में आमने सामने आ गइल बा जवना से पार्टी के फजीहत हो रहल बा. भइल ई कि सपा के मजदुर सभा के जिला अध्यक्ष राम प्रवेश यादव के भाई रविन्द्र यादव का घर में चोरी भइल आ ओह चोरी के आरोप में दस जने पर नामजद एफआईआर दर्ज करा दिहल गइल. नामजद आरोपियन में लोहिया वाहिनी के देवरिया जिला अध्यक्ष रामप्रकाश यादव मुन्नो के नाम बा.

पुलिस एह मामिला के राजनीतिक तौर पर ले रहल बिया कि राजनीतिक विवाद में लोग के आरोपी बनावल जा रहल बा. चोरी के घटना विश्वसनीय नइखे लागत.

0 Comments