इम्प्पा चुनाव में भोजपुरियन के वर्चस्व
-

टी.पी. अग्रवाल ग्रुप क्लीन स्वीप कर दिहलन विरोधियन के


फिल्म निर्माता लोगन के सबसे बड़े संगठन “इंडियन मोशन पिक्चर प्रोड्यूसर एसोसियेशन” भा इम्प्पा के चुनाव में टी.पी.अग्रवाल ग्रुप प्राइम क्लास मेंबरन के सोलहो जगहा जीत लिहलसि. सुषमा शिरोमणि के नेतृत्व वाला ग्रुप के असोसिएट क्लास वाला केटोगरीए में सफलता मिलल बा. एह चुनाव परिणाम से भोजपुरी फिल्म जगत से जुड़ल लोगन के वर्चस्व हो गइल बा इम्प्पा में.

इम्प्पा चुनाव में महेश मान्झ्रेकर, मेहुल कुमार, कुक्कू कोहली, आ फरहा सुलतान के पराजय के सामना करे पड़ल बा. चुनाव जीतला का बाद नवनिर्मित कार्यकारिणी टी.पी.अग्रवाल के प्रेसिडेंट आ अभय सिन्हा के वाइस प्रेसिडेंट चुन लिहलसि.

मंगल का दिने मुंबई का अँधेरी स्थित किशनचंद वलेचा सभागार में सबेरे से देर साँझ ले इम्प्पा के सदस्य मतदान में हिस्सा लिहले. रात आठ बजे से मतन के गिनती शुरू भइल. पहिले असोसिएट क्लास के मत गिनाइल आ एह श्रेणी में सुषमा शिरोमणि गुट हावी रहल. इस गुट के सुषमा शिरोमणि, अरुणा इरानी, केतन देसाई, आ शबनम कपूर के सफलता मिलल. टी.पी.ग्रुप का ओर से एकमात्र विजेता के.सी.बोकाडिया रहलन. टीवी श्रेणी में दुनु गुट के एक एक जगहा मिलल. अग्रवाल ग्रुप से राहुल अग्रवाल आ सुषमा गुट से बाबुभाई थीबा विजयी रहलन.

देर रात प्राइम क्लास के सदस्यन वाला मतगणना शुरू भइल जवन भोर में पांच बजे ले चलल. एह श्रेणी में सबले बेसी २३८ मत टी.पी.अग्रवाल के मिलल. एह गुट के बाकी पंद्रह विजेता लोगन में कुमार मोहन को २१३, नरेश मनोत के २०८, अभय सिन्हा आ अशोक पंडित के १९९ १९९ मत, विनय सिन्हा के १९८, जे.नीलम के १९७, नितिन मवानी, विक्की रानावत, आ राजदीप सिंह के १९६ १९६, भोजपुरी फिल्मन के जानल मानल अभिनेता दिनेश लाल यादव निरहुआ के १८४, आनंद गिरिधर के १७८, सुरेन्द्र वोहरा के १८२, दर्शन बग्गा के १६५, विकास पाटिल के १६९, आ कमाल खान के १५९ मत मिलल. एह तरह सोरहो सीट पर टीपी अग्रवाल गुट विजयी रहल.

मतगणना का बाद आजु बुध का दिने नवनिर्मित कार्यकारिणी टी.पी.अग्रवाल के आपन प्रेसिडेंट आ अभय सिन्हा के वाइस प्रेसिडेंट चुन लिहलसि. अबकी के चुनाव बहुते रोचक रहुवे काहे कि सुषमा शिरोमणि गुट आरोप लगवले रहुवे कि टी.पी.अग्रवाल गुट गेंगस्टर रवि पुजारी गुट से हाथ मिला लिहले बा. एकरा बाद टी.पी.अग्रवाल सुषमा शिरोमणि का खिलाफ मानहानि के मुकदमो दायर कइले रहन.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts