उत्तर प्रदेश के खबर
-

(अतवार, 23 अक्टूबर)

  • राज्य निर्वाचन आयोग के दावा बा कि निकाय चुनाव खातिर ओकर तइयारी पूरा बा बाकिर राज्य सरकार आ जनगणना विभाग के सहयोग का बिना इलाहाबाद उच्च न्यायालय के आदेश मुताबिक नियत समय पर चुनाव करावल संभव नइखे. आयोग के कहना बा कि जनगणना विभाग के काम पूरा भइला का बादे ओकर काम शुरू हो पाई. दोसरे राज्य सरकारो के चुनाव के अधिसूचना जारी करे के होई. ओने जनगणना विभाग उच्च न्यायालय से कहे के फैसला लिहले बा कि जनगणना के पूरा ब्यौरा अबही उपलब्ध ना करावल जा सके.
  • मथुरा जिला में फिरौती के रकम वसूले आइल तीन जने पर लोग हमला बोल दिहल. दू गो त भाग परइले सँ बाकिर एक जने के लोग पीट पीट के मुआ दिहल.
  • उत्तर प्रदेश पॉवर कॉरपोरेशन लिमिटेड के कहना बा कि दीवाली पर राज्य में बिजली के किल्लत ना होखे दिहल जाई.
  • कानपुर में सेंट्रल यू.पी. गैस लिमिटेड के सीएनजी गैस पाइप लाइन में रिसाव के बाद भयंकर आग लाग गइल जवना पर कई घंटा के मशक्कत का बाद काबू पावल जा सकल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts