उत्तर प्रदेश के खबर
-

(मंगल, 1 नवंबर)

  • कांग्रेस महासचिव राहुल गाँधी आजु बिना पहिले से बतवले चंदौली चहुँप गआले आ कुरथिया गाँव में चौपाल लगा के किसानन से समस्या सुनलें. राहुल गाँधी बतवले कि केन्द्र सरकार बहुते धन राज्य में भेजत बिया बाकिर राज्य सरकार ओकर सही इस्तेमाल नइखे करत. बाद में मिर्जापुर के मानिकपुर में चौपाल लगवले आ अहिरौरा में एगो जनसभा संबोधित कइलन.
  • मथुरा जिला में एगो नवजवान के संदिग्ध मौत के सीबी-सीआईडी जांच करवावे के आदेश दिहल गइल बा. युवक के परिजन राज्य के कृषि मंत्री लक्ष्मी नारायण चौधरी पर हत्या करवावे के आरोप लगवले बाड़न जवना का बाद सरकार ई फैसला लिहलसि.
  • छठ पर्व पर देश में कई जगहा छठव्रती डूबत सूर्य के अरघ दिहलें, पटना में लाखों लोग गंगा घाट पर एह खातिर जुटले.
  • लखनऊ स्थित इसाबेला थॉबर्न (आईटी) कॉलेज के 125 साल पूरा होखला का अवसर पर होखे जात कार्यक्रम के उद्घाटन राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल करीहें.
  • सपा नेता मुलायम सिंह माँग कइले बाड़न कि सच्चर आ रंगनाथ कमेटियन के रिपोर्ट हूबहू लागू कइल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts