उत्तर प्रदेश के खबर, बियफे 25 अगस्त का दिने
-
  • उत्तर प्रदेश के फिरोजाबाद जिला में भारतीय स्टेट बैंक के एगो कर्मचारी पर अपना बीबी आ दू गो नाबालिग बच्चन के हत्या कर के लाश नहर में फेंके के आरोप बा.
  • उत्तर प्रदेश विधानसभा के अगिला चुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी के पूर्व संगठन मंत्री संजय जोशी के राज्य के चुनाव प्रभारी बनावल जाये के उमेद बा.
  • उत्तर प्रदेश के मुजफ्फरनगर से राष्ट्रीय लोक दल विधायक अब्दुल वारिस खान बियफे का दिने पार्टी छोड़के सत्तारूढ़ बहुजन समाज पार्टी में शामिल हो गइले.
  • उत्तर प्रदेश के बहराइच जिले में भइल दंगा में एगो सिपाही समेत पांच लोग घवाहिल हो गइल. हालात काबू करे खातिर पुलिस जमके लाठी चलवलसि.
  • राज्य के पच्चीस गो जनपद के बहत्तर तहसील के दू हजार दू सौ छप्पन गाँव बाढ़ का पानी में घेराइल. दू लाख बारह हजार हेक्टेयर खेत डूबल. अबले सौ से बेसी लोग के मौत. घाघरा बाराबंकी, गोण्डा, बस्ती,बलिया आ मऊ में खतरा का निशान से ऊपर बहत बिया. बलिया में गंगा के कटान तेज. बुजबुजिया ढाही से बलिया के पचरुखिया से ले के गंगौली गाँव ले कटान का जद में.
  • मशहूर गीतकार प्रोफेसर श्रीपाल सिंह क्षेम के काल्हु नवासी साल का उमिर में निधन हो गइल. जौनपुर ले शेखपुरा मुहल्ला के निवासी प्रो॰ सिंह के अंतिम संस्कार आजु जौनेपुर में रामघाट पर कइल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts