छठ पर ‘आंधी तूफान’ ले अइहें विराज भट्ट
-

सिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट के हैरत अंगेज एक्शन फिल्म ‘आंधी तूफान’ बिहार में छठ के मौका पर रिलीज होखे वाला बा. एह फिलिम लेके विराज भट्ट बहुते उत्साह में बाड़ें, कहना बा उनकर कि कमाल के बनल बिया ई फिलिम.

एह साल अबले विराज भट्ट के छह गो फिलिम सफलता के नया रिकार्ड बनवले बाड़ी सं. ‘जानवर’, ‘जान तेरे नाम’, ‘भाई जी’, ‘दुर्गा’, ‘मर्द तांगेवाला’ अउर ‘हिम्मतवाला’ से विराज आपन राज बरकरार रखले बाड़न दर्शक लोग का दिल पर. विराज भट्ट के आवहू वाली फिलिमन में भी जबरदस्त जलवा देखे के मिली. एह फिलिमन में ‘अंतिम तांडव’, ‘कर्जा माटी के’, ‘प्यार करेला हिम्मत चाही’, ‘दबंग मोर बालमा’, ‘मैदान ए जंग’ आ ‘लड़ब मरते दम तक’ बाड़ी स.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts