जीरो लॉस थ्योरी के जनक टोटल लॉस का आमने सामने
-

राज्यसभा चुनाव विधायकन का भरोसे होला आ एह चलते पहिलहीं से मालूम रहेला कि कवन भईंस कतना पानी में बिया. बिहार से त ओतने लोग परचा भरले बा जतना सीट बा आ एह चलते सभे जना निर्विरोध चुना जइहें.

बिहार से राज्यसभा के पांच गो सीट के चुनाव होखे वाला बा आ एहिजा से पांचे आदमी परचा भरला बा. राजद से लालू प्रसाद के बेटी मीसा भारती आ वकील राम जेठमलानी, जदयू से ओकर पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव आ पार्टी के महासचिव आर.सी.पी. सिंह, अउर भाजपा से ओकर पूर्व प्रदेश अध्यक्ष गोपाल नारायण सिंह के चुनाइल अब तय हो गइल बा.

बाकिर यूपी में पेंच फँस गइल बा. एहिजा के 11 सीट के चुनाव होखे वाला बा आ 12 जने का परचा दाखिल भइल बा. पहिले एगारहे आदमी के चरचा रहुवा बाकिर गुजरात के एगो बिजनेस मैन के मेहरारू प्रीति मेहरोत्रा के परचा भर दीहला से सगरी हिसाब गड़बड़ा गइल बा आ घोटाला पर जीरो लॉस के थ्योरी के जनक कपिल सिब्बल के टोटल लॉस भेंटाए के अनेसा बन गइल बा. कांग्रेस के उमेद रहुवे कि एने ओने से मांग चुंग के कम पड़त पाँच गो वोट के जुगाड़ हो जाई बाकिर अब मामिला अझूरा गइल बा. सपा का लगे 229 गो विधायक बाड़ें जबकि ओकर जरुरत 238 वोट के बा सात लोग के जितावे खातिर. बसपा में भितरघात ना होखे त ऊ आपन दुनू उमीदवार जितवा ली. भाजपा का लगे 41 गो वोट बा आ ओकर बाँचल वोट अब प्रीति के मिल जाई.

अब कपिल केने से जुगाड़ करीहें से देखे जोग रही.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts