जेने देखीं तेने मोनिका
-

‘एलान बा’ में अपना बोल्ड अदा देखवला क बाद मोनिका सिंह बत्रा भोजपुरी वर्ल्ड छाप लिहले बाड़ी. एह में उनुकर नायक रहलें भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी. ओकरा बाद मोनिका सिंह बत्रा भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन अउर पवन सिंह क अलावे विक्रांत सिंहो के नायिका बनल नजर आवे वाली बाड़ी. पवन सिंह क नायिका बनल मोनिका नजर अइहें ‘खून के इल्ज़ाम’ में. एकर निर्माता हउवें रमेश सिंह आ निर्देशक सनोज मिश्रा. एकर शूटिंग एह घरी जोर शोर से चलत बा. एह फिल्म क अलावे मोनिका सिंह बत्रा ‘कसम तिरंगा के’ में, ‘सईंया अरब गईले ना’, अउर ‘गजब सिटी मारे सईंया पिछवाड़े’ में नजर आवे वाली बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts