पाँचो मैच जीत के भारत सीरिज पर काबिज भइल
-

काल्हु चेन्नई में होखे वाला पाँचवा एक दिना मैच में न्यूजीलैण्ड के आठ विकेट से हरा के भारत एह शृंखला के पाँचो मैच जीत लिहलसि. एकरा पहिले २००८ ०९ में भइल इंगलैण्ड का साथे वाली शृंखला भारत पाँच शून्य से जीतले रहुवे. काल्हु के मैच में भारत के स्पिनर न्यूजीलैण्ड के पूरा टीम २७ ओवर में १०३ रन देके आउट कर दिहले रहुवे आ जवाब में बाइसवें ओवर में १०४ रन के लक्ष्य पूरा कर लिहलसि. एह दौरान ओकर दू गो विकेट गिर चुकल रहे. साथहीसाथ गौतम गंभीर अपना कप्तानी में होखे वाला पहिलका शृंखला अतना शानदार तरीका से जीत लिहलें कि धोनी के धुनाई हलुक पड़ गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts