पाखी चलली लंदन
-

भोजपुरी सिनेमा के नं॰ १ अदाकारा पाखी हेगडे आजुकाल्हु सफलता के आसमान चूमत बाड़ी. उनकर पहिलका हिन्दी फिल्म “वुमेन फ्राम द ईस्ट” के लंदन फिल्म फेस्टिवल में आफिशियल प्रविष्टी मिलल बा. एही में पाखी के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्रियो खातिर नामित कइल गइल बा. एह दौड़ में उनुकर मुकाबिला विपाशा बसु, जूही चावला वगैरह दिग्गजो अभिनेत्री शामिल बाड़ी.

“वुमेन फ्राम द ईस्ट” के मुख्य नायिका का भूमिका में पाखी एगो बिहारी युवती के किरदार कइले बाड़ी जेकरा के पंजाब के एगो आदमी खरीद के ले गइल बा. जेही एह फिल्म के फर्स्ट लुक देखले बा सभे पाखी के तारीफ करत नइखे थाकत.
समारोह २५ मार्च से लंदन में होखे जा रहल बा आ समारोह में शामिल होखे खातिर पाखी लंदन रवाना हो गइल बाड़ी.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts