बनारस बम विस्फोट में कवनो सुराग नइखे मिलत
-

पता ना काहे जब देश में कवनो आतंकी हमला होला त सरकार से लेके मीडिया ले सभकर घिग्घी बन्हा जाला आ केहु का मुँह से बकार ना फूटे. हमला के जिम्मेदारी इण्डियन मुजाहिदीन सकार लिहले बा तबहियो केहू ओकर नाम नइखे लिहल चाहत. तीन दिन बादो ना त कवनो सुबूत मिलल बा ना केहू के गिरफ्तारी हो सकल बा. हर केहु इहे कहे में लागल बा कि लोग के संयम बरते के चाहीं. जान जाव त जाव मुस्की बनल रहे के चाहीं. आजमगढ़ के डा. शाहनवाज आ कुछ अउरी लोग के शामिल होखला के बात पर प्रशासन के जवाब बा कि एह पर कुछ कहल जल्दबाजी होखी. ठीक ओहि तरह जइसे संसद पर हमला के दोषी अफजाल गुरु के आजु ले फाँसी पर नइखे चढ़ावल जा सकल काहे कि अइसनका कइल जल्दबाजी होखी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts