बारहवीं में मास मीडिया कोर्स
-

सीबीएसई अपना स्कूलन में बारहवीं मे मास मीडिया के पाठ्य क्रम एही साल से शुरु करे जा रहल बा. विद्यार्थी एह विषय के वैकल्पिक रूप में ले सकीहें आ सफल विद्यार्थियन के देश के प्रतिष्ठित मीडिया संस्थानन का तरफ से प्रमाणपत्र दिहल जाई. एह पाठ्यक्रम में फिल्म, टेलीविजन, प्रिंट, रेडियो आ इंटरनेट माध्यम के शिक्षा दिहल जाई. पाठ्यक्रम में इहो बतावल जाई कि एह विषय के नियोजन आ वाणिज्यिक उपयोगिता का हो सकेला. हालांकि विद्यालयन प्रबन्धकन के कहना बा कि जबले कालेज स्तर पर प्रवेश में एह विषय के मान्यता ना दिहल जाई तबले कवनो फायदा नइखे. अबहीं सीबीएसई में तीस तरह के वैकल्पिक पाठ्यक्रम बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts