बिहार के खबर
-

बिहार के खबर
(शनिचर, 22 अक्टूबर)

  • पोखरा के माटी निकालत घरी उपर से माटी धँसला का चलते मुंगेर के हारपुर गाँव में तीन गो लड़िका दबा के ओहिजे मर गइले.
  • बिहार शरीफ में एगो ट्रैक्टर का चपेट में आ के काल्हु शुक का दिने एगो लड़िकी के मौत से नाराज छात्र आजु अस्पताल चौराहा जाम कर दिहले आ कई गो वाहन तोड़ फोड़ दिहले. हालात पर काबू करे खातिर पुलिस लाठी चार्ज कइलसि जवना से कई छात्र घवाहिल हो गइले.
  • सासाराम में काल्हु भइल दुर्घटना का बाद भइल आगजनी आ तोड़फोड़ का बाद आजु शनिचरो का दिने सासाराम आरा विक्रमगंज सड़क बन्द रहल. जरल गाड़ियन के हटावे के काम हो रहल बा. घटना के वीडियो से आगजनी करे वालन के पहचानल जा रहल बा. अबही ले एक दर्जन लोग के हिरासत में लिहल गइल बा.
  • पटना के स्टेशन रोड पर पालिका होटल का एगो कमरा से दू गो औरतन आ तीन गो बच्चन के लाश मिलल बा. पहिला नजर में लागत बा कि ई जहर खिया के मार दिहला के मामिला बा. कमरा रोहतास के डेहरी आनसोन के श्रवण कुमार का नाम से लिहल गइल रहुवे जे फरार बा आ पुलिस ओकर पता लगावे में लागल बिया. हालांकि पुलिस के कहना बा कि अबही कुछऊ कहल जल्दबाजी होखी.
  • गया जिला के डुमरिया में कुछ बदमाश शुक का रात में प्राइमरी एग्रीकल्चर क्रेडिट सोसाइटी, पैक्स, के सचिव के गोली मार के हत्या कर दिहल.
  • पटना के डॉन बास्को स्कूल से गायब तेरह साल के शिवम प्रताप सिंह के दू दिन बादो कुछ पता नइखे लागत. एह बीचे लड़िका के पिता थाना में ओकरा गुमशुदगी के रिपोर्ट लिखववले बाड़न.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts