बिहार के खबर
-

(बुध, 2 नवंबर)

  • मंगल का भोर में उगत सूर्य के अरघ दे के चार दिन के छ व्रत के समापन हो गइल. लाखों श्रद्धालु भगवान सूर्य के अरघ दिहलें आ छठी माई के पूजा कइले.
  • छठ का मौका पर कुछ दुर्घटनो हो गइल. जइसे कि अरवल जिला के छपरा सोन घाट पर दू गो युवक डूब गइले. दुनु के लाश मिल गइल बा. दरभंगा में एगो युवक घाट बनावत घरी डूब गइल त एगो युवक सबेरे का अरघ का बेरा. रोहतास जिला के डेहरी आन सोन में एगो मिस्त्री नहाये का क्रम में सोन नदी में डूब गइल.
  • मधुबनी जिला के लौकही विधानसभा सीट के उपचुनाव तीस नवम्बर के करवावल जाई. एकर अधिसूचना पाँच नवम्बर के जारी होखी.
  • बक्सर जिला के सरेंजा में एगो व्यापारी के हत्या का मामिला में दस लोग के नामजद अभियुक्त बनावल गइल बा. एह मामिला में लापरवाही बरते का आरोप में थाना प्रभारी विंध्याचल प्रसाद के निलम्बित कर दिहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts