बिहार के सउवाँ साल आजु से शुरु
-

बिहार राज्य के स्थापना के शताब्दी आजु से धूमधाम से मनावल शुरु हो रहल बा. कार्यक्रम पूरा एक साल तक चली. आजु विधान परिषद के सौ साल पूरा होखला का उपलक्ष में आयोजित समारोह के उद्घाटन राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटिल करीहें. एह मौका पर कई राज्यन से विधानपरिषद सभापति मौजूद रहीहें आ कुछेक राज्यन के विधानसभा के पीठासीन पदाधिकारियो लोग आवे वाला बा.

पटना गाँधी मैदान में आजु रंगा रंग कार्यक्रम होखी. पूरा एक साल तक राज्य भर में तरह तरह के कार्यक्रम चलावल जाई. पटना गाँधी मैदान में मूर्तिकला, चित्रकला आ आन्दोलनकारियन के प्रदर्शनी लगावल गइल बा. सांस्कृतिक कार्यक्रम में लोक गायिका शारदा सिन्हा, कथक सम्राट पंडित बिरजू महाराज, संतूर वादक पंडित शिवशंकर शर्मा, भजन गायक अनूप जलोटा, गजलगायक भूपेन्द्र सिंह आ मिताली सिंह के जोड़ी इ बाँसुरीवादक हरिप्रसाद चौरसिया के प्रस्तुति देखे सुने के मिली. जिला मुख्यालयो में बिहार दिवस के आयोजन कइल जा रहल बा.

अँगरेजी शासन का दौरान साल १९१२ के २२ मार्च का दिने बिहार राज्य बंगाल विभाजन का बाद बनावल गइल रहे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts