भोजपुरी सिनेमा में अन्ना
-

भोजपुरी में निर्माता डा॰ राजकुमार चौहान एगो फिलिम बनावे जात बाड़ें जवना के नाम राखल गइल बा “अन्ना के आँधी”. एह फिल्म के निर्देशन करीहें चन्द्रसेन सिंह. सुपरहिट एक्शन हीरो सुदीप पाण्डेय एह फिल्म के मुख्य भूमिका करीहें.
अन्ना के आँधी फिल्म के कहानी एगो डाक्टर के बा जेकर नाम ह डा॰ अन्ना आ ओकर आदर्शपुरुष हउवें अन्ना हजारे. डा॰ अन्ना अपना गाँव में भ्रष्टाचार के खिलाफत अन्ना हजारे के बतावल गाँधीवादी तरीका से करीहें आ भर गाँव के एह लक्ष्य खातिर जागरुक बना दीहें.

फिल्म का बारे में बतियात सुदीप पाण्डेय के कहना रहे कि ई एगो चुनौतीवाली भूमिका बा. हमनी का कोशिश करत बानी स कुछ संदेश देबे के. समाज के अन्ना हजारे जइसन लोगन के बहुते जरूरत बा आ मीडिया के आपन काम बढ़िया से करे के जवना से समाज में फइलल भठियरपन खतम कइल जा सको.

फिल्म के कहानी डा॰ राजकुमार चौहान के लिखल, संगीत अमन श्लोक के, कैमरा प्रिंस के, संवाद संजीत कुमार के, एक्शन अकबर शरीफ के आ नृत्यनिर्देशन अग्नेश के रही. फिल्म राजराशि फिल्म्स का बैनर में बनावल जाई.


(स्रोत : संजय बी॰ शर्मा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts