महआ समूह शुरु करे जा रहल बा दू गो नया चैनल
-

बहुत तरह का चरचा का बीच खबर मिलल बा कि महआ टीवी अपना मुख्य कार्यकारी अधिकारी पद पर एही चार अप्रेल से विवेक बहल के नियुक्त कइले बा. विवेक बहल एहसे पहिले स्टार प्लस के फिक्शन हेड रहलन आ ओहसे पहिले जी टीवी के फिक्शन हेड. बाकिर ऊ महुआ में फिक्शन हेड ना हो के सभकर हेड होखीहें.

महुआ टीवी के चेयरमैन आ प्रबन्ध निदेशक पीके तिवारी के कहना बा कि विवेक बहल महूआ समूह के महुआ टीवी आ महुआ बांगला के प्रमुख रहीहन आ साथ ही उनका से दू गो अउरी नया चैनल शुरु करे के कहल गइल बा. बाकिर अबहीं ऊ प्रस्तावित चैनलन का बारे में कवनो तरह के जानकारी देबे के तइयार नइखन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts